भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
नया नगर बसाईं जा / हरेश्वर राय
Kavita Kosh से
सशुल्क योगदानकर्ता ४ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 21:31, 8 फ़रवरी 2019 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=हरेश्वर राय |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCat...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
उ घर, घर ना ह जवना प कवनों छानी ना होखे
उ नैन कइसन, जवना में कवनों पानी ना होखे I
दाम्पत्य के देवाला निकले में इचिको देर ना लागे
त्याग-समरपन के राही जदि दुनों परानी ना होखे I
दिल के अइसन सिंघासन के का मतलब हरेशवर
जवना प बइठल कवनों रानी-महरानी ना होखे I
ओह जिनिगिया के कीमत दू कौड़ी के रहि जाला
जवना में चानी काटे के कवनों कहानी ना होखे I
अब चलीं सभे चलीं जा एगो नया नगर बसाईं जा
जहाँ खाली प्यारे-मोहब्बत होखे शैतानी ना होखे I