भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

चहक उठे मनवा / सुभाष चंद "रसिया"

Kavita Kosh से
सशुल्क योगदानकर्ता ५ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 21:39, 27 मार्च 2020 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सुभाष चंद "रसिया" |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

ई रंगीन मौसम, ई बारिश के पानी।
चहक उठे मनवा, ना बस में जवानी॥
 
भीगेला तन मन भीगे सारी देहिया,
कारी बदरिया पकड़ले बा बहिया,
झूरूर-झूरूर बहेला पुरुवा सुहानी॥
चहक उठे मनवा ना बस में जवानी।

अगिया लागल बाटे सगरी बदनिया,
विरही बनावेला सावन के पनिया,
जुल्मी पवनवा उड़ावे चुनर धानी॥
चहक उठे मनवा ना बस में जवानी॥
 
झुरमुट से झींगुर सुनवेला गीतिया,
लागलबा मितवा हो तोहसे पीरीतिया,
चली ना ये बदरा, तोहार मनमानी॥
चहक उठे मनवा ना बस में जवानी।

बगिया के सगरी गुलाब खिल गइले,
मधुर मिलन के, सजन ऋतु अइले,
करी ना बहाना रसिया जी बात मानी॥
चहक उठे मनवा ना बस में जवानी॥