भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

फेर हवाबाज़ आ गइल बादर / आसिफ रोहतासवी

Kavita Kosh से
Jalaj Mishra (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:28, 24 जुलाई 2020 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

फेर हवाबाज़ आ गइल बादर ,
सिर्फ शहरे प छा गइल बादर।

रह गइल चुरुआ लगवले मडई,
छत के पानी पिया गइल बादर ।

भेख बहुरुपिया नियन बदले,
खूब बुरबक बना गइल बादर ।

नाहि बरसे के तनिक बा हबखब
खेत लहलस डूबा गइल बादर ।

खूब गरजल, चमक-दमक देके ,
खूब सपना देखा गइल बादर ।

भूख 'आसिफ' न कुछ सुने देलसु ,
राग बादल सूना गइल बादर ।