भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

अपना नाम से जे तोपले बन्हले बानीं / रवीन्द्रनाथ ठाकुर / सिपाही सिंह ‘श्रीमंत’

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:32, 10 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रवीन्द्रनाथ ठाकुर |अनुवादक=सिपा...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

अपना नाम से जे के तोपले-बंधले बानीं
से नाम का जेहल में मर रहल बा।
सब कुछ भुला के रात-दिन जतने हम
एह नाम का दीवार के आकाश में उठाइले,
ओतने ओह दीवार के छाया का अन्हार में
हमार सत्यस्वरूप छपित हो जाला।
माटी पर माटी ध के
नाम का दीवार के ऊँच करत रहिले।
ओमें कहीं कवनो छेद मत रह जाय
एकरे चिंता में चित्त के बेचैन राखिले।
जतने एह झूठ के जोगाइले
ओतने अपना सत्यस्वरूप के भुलाइले।