भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

ना रहित झाँझर मड़इया फूस के / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 21:48, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> ना रहित झाँझर मड़इया …)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज


ना रहित झाँझर मड़इया फूस के
घर में आइत घाम कइसे पूस के



के कइल चोरी, पता कइसे लगी
चोर जब भाई रही जासूस के



आज ऊ लँगड़ो दरोगा हो गइल
देख लीं, सरकार जादू घूस के



ख्वाब में भलही रहे एगो परी
सामने चेहरा रहे मनहूस के



जे भी बा, बाटे बनल बरगद इहाँ
पास के सब पेड़ के रस चूस के



तूहीं ना तऽ जिन्दगी में का रही
छोड़ के मत जा ए 'भावुक' रूस के