भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

पतझड़ भइल अनंत / हरेश्वर राय

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:26, 12 मार्च 2019 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

रमकलिया के गाँव से
रूस गइल मधुमास I

कोकिल से कंत बसंत रूसल
थापन से मिरदंग
कलियन से अंगड़ाई रूसल
फागुन भइल बेरंग I

परबतिया के पाँव से
लूट गइल अनुप्रास I

हरिया से होरी रूसल
हल्कू से ओकर खेत
छठिया से चूड़ी रूसल
बुधिया मू गइल सेंत I

करिया कगवा के काँव से
अशवा भइल निराश I

फूलन से भौंरा रूसल
मोजर से रूसल सुगंध
फुलवारी से तितली रूसल
पतझड़ भइल अनंत I

बीच भँवर में नाव से
उठ गइल बिश्वास I