भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"मन केतना कलुस / उमाकान्त वर्मा" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार= |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatBhojpuriRachna}} <poem> मन ...' के साथ नया पन्ना बनाया)
 
 
पंक्ति 1: पंक्ति 1:
 
{{KKGlobal}}
 
{{KKGlobal}}
 
{{KKRachna
 
{{KKRachna
|रचनाकार=
+
|रचनाकार=उमाकान्त वर्मा
 
|अनुवादक=
 
|अनुवादक=
 
|संग्रह=
 
|संग्रह=

14:29, 31 अगस्त 2013 के समय का अवतरण

मन केतना कलुस।
तनल रहल डोरी बा
काँपत बा धनुस।
मन केतना कलुस।
सपना सब टूट गइल
आपन सब छूट गइल
भेटत बा कतहूँ ना कवनो नहुस।
मन केतना कलुस।
अँजुरी में ताजमहल
आँसू के फूल
लोप रहल पुरवइया
चूवत जस धूल
तबहूँ ना थाकत बा आपन पउरुस।
मन केतना कलुस।
छिप आइल कंधा पर
आकुल बा देस
अभिमन्यु गढ़त बा
अबहूँ परिवेस
रोप रहल चिन्तन बा पउधा अकलुस।
मन केतना कलुस।