भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

वक्त जीवन में अइसन ना आवे कबो / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:47, 29 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: वक्त जीवन में अइसन ना आवे कबो बाप बेटा के अर्थी उठावे कबो रोशनी आज…)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

वक्त जीवन में अइसन ना आवे कबो बाप बेटा के अर्थी उठावे कबो

रोशनी आज ले भी ना पहुँचल जहाँ केहू उहँवों त दियरी जरावे कबो

सब बनलके के किस्मत बनावे इहाँ केहू बिगड़ल के किस्मत बनावे कबो

जे भी आइल सफर में दुखे दे गइल केहू आइल ना हमके हँसावे कबो

हमरा हर कोशिका में समाइल बा जे काश! हमरा के आपन बनावे कबो

सबका गोदी के 'भावुक' खेलवना बने काश! बचपन के दिन लौट आवे कबो