भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

होखे अगर जो हिम्मत कुछुओ पहाड़ नइखे / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:21, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> होखे अगर जो हिम्मत क…)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज


होखे अगर जो हिम्मत कुछुओ पहाड़ नइखे
मन में जो ठान लीं तऽ कहँवाँ बहार नइखे

ई ठीक बा कि नइया मँझधार में बा डोलत
बाकिर, कही ई कायर लउकत किनार नइखे

जिनिगी चले ना कबहूँ सहयोग के बिना जब
कइसे कहा ई जाला केहू हमार नइखे

कुछ लोग नीक बाटे तबहीं टिकल बा धरती
कइसे कहीं कि केहू पर एतबार नइखे

कबहूँ त भोर होई, कबहूँ छँटी कुहासा
'भावुक' ई मान लऽ तू आगे अन्हार नइखे