भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
बतिया बनावे में बस नाम कइले बा / बरमेश्वर सिंह
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:50, 10 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=बरमेश्वर सिंह }} {{KKCatGhazal}} {{KKCatBhojpuriRachna}} <poem>...' के साथ नया पन्ना बनाया)
बतिया बनावे में बस नाम कइले बा,
सेवा करे आइल, अब हरान कइले बा।
जेही बगइचवा ला पुरखा पेराइल रहन,
नोचि-चोंथि ओकरे हेवान कइले बा।
जिनगी छछनि गइल तनी सुसतइतीं,
साँसत में हरदम परान कइले बा।
धप्-धप् मरे के विधान कइले बा।
अइसन अनेत दादा देखनी ना कतहूँ,
मंगनी में सियरा गुमान कइले बा।
अबहूँ से ताकऽ भइया खोलि के पपनियाँ,
तोहरे मड़इया में दोकान कइले बा।