भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

आदमी जे सहज सरल बाटे / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:25, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> आदमी जे सहज सरल बाटे …)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज


आदमी जे सहज सरल बाटे
खूब हमरा पसन परल बाटे

छोड़ दिहले हँसल ऊ अनका पर
जब से खुद पर नजर पड़ल बाटे

सुख के एहसास नइखे हो पावत
सुख के सामान सब भरल बाटे

दुख के दरियाव से बनल बदरी
आँख का राह से झरल बाटे

भर मुँहे बात जे कइल ना कबो
आज हमरा प ऊ ढरल बाटे

घाम बदनाम बा भले 'भावुक'
पाँव तऽ छाँव मे जरल बाटे