भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

उमके जोबन जियरा जरि गइले हो / भोजपुरी होली गीत

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

   ♦   रचनाकार: अज्ञात

उमके जोबन जियरा जरि गइले हो,
सैंया बयरागी निकल गइले हो ।। टेक ।।

किया ओही देसवा में टेसो ना फूले ,
किया बने अमँवा मोजरि गइले हो ।।टेक ।।

किया ओही देसवा में मोरवो ना बोले,
किया ए पपीहरा मरि गइले हो।।टेक।।

कर्मेन्दु शिशिर के संग्रह से