भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

वसंत अइला पर / लक्ष्मीकान्त मुकुल

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

पीयराह सरसों से
लहलहात रहे बघार
आ गाँव के खोरीयन में
भभस गइल रहे कुकुरबन्हा के जंगल

नदी घसकत
चल आइल रहे कोनहरा
पषु भूख का मारे
बूड़ा आवत रह सन्
चुरूआ भर पानी में मुँह

छतनार फेंड़न पर
बइठल चिरई
टोहत रहीसन दाना के कन
जैने खड़ा रहे बिजूका
अगोरिया करत

खेतन में खड़ा रहीसन फसल
दूर से उड़ के चलल आवत रहे
चीलन के झुंड
जैसे भरल जात रहे
एकाएक पूरा गाँव