भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"दरिया के बीच बइठ के कागज के नाव में / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
(नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> दरिया के बीच बइठ के क…) |
(कोई अंतर नहीं)
|
21:57, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण
दरिया के बीच बइठ के कागज के नाव में
का-का करत बा आदमी अपना बचाव में
कान्हा प अपना बोझ उठवलो के बावजूद
हरदम रहल देवाल छते का दबाव में
कहहीं के बाटे देश ई गाँवन के हऽ मगर
खोजलो प गाँव ना मिली अब कवनो भाव में
चेहरा पढ़े के लूर जो हमरा भइल रहित
अइतीं ना बाते- बात प अतना तनाव में
लागत बा ऊ मशीन के साथे भईल मशीन
तबहीं त, यार, आज ले लवटल ना गाँव में