भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"बात खुल के कहीं, भइल बा का ? / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
(नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> बात खुल के कहीं, भइल ब…) |
(कोई अंतर नहीं)
|
22:16, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण
बात खुल के कहीं, भइल बा का ?
प्यार के रंग चढ़ गइल बा का ?
रंग चेहरा के बा उड़ल काहें ?
चोर मन के धरा गइल बा का ?
हम त हर घात के भुला गइलीं
रउरा मन में अभी मइल बा का ?
आईं अबहूँ रहे के मिल-जुल के
जिन्दगी में अउर धइल बा का ?