भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"जुल्म के सामने चुप रहल / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
(नया पृष्ठ: KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> जुल्म के सामने चुप रह…) |
(कोई अंतर नहीं)
|
14:32, 29 अक्टूबर 2010 के समय का अवतरण
KKGlobal}}
जुल्म के सामने चुप रहल
ई त जियते-जियत बा मरल
साँच के साथ देवे बदे
खुद से अक्सर लड़े के पड़ल
पाँव में हमरा काँटा चुभल
दर्द उनका हिया में उठल
हमरे रोपल रहल जंग ई
हमरे कीमत भरे के पड़ल
भीखमंगा सड़क पर सुतल
जइसे बालू प मछरी पड़ल
जेके पत्थर में खोजत रहीं
ऊ त धड़कन में हमरा मिलल
अब त 'भावुक' हो तहरा बिना
दू कदम भी बा मुश्किल चलल