भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"काँट के साथ बा गुलाब, ए दोस्त / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
(नया पृष्ठ: KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> काँट के साथ बा गुलाब, ए…) |
(कोई अंतर नहीं)
|
15:00, 29 अक्टूबर 2010 के समय का अवतरण
KKGlobal}}
काँट के साथ बा गुलाब, ए दोस्त
जिन्दगी के इहे हिसाब, ए दोस्त
आज तक पढ़ सकल कहाँ केहू
जिन्दगी के कठिन किताब, ए दोस्त
हम त गुमराह होके रह गइलीं
रह गइल अब त ख्वाब ख्वाब, ए दोस्त
जिन्दगी के भइल रहे बीमा
होत बा लाश के हिसाब, ए दोस्त
प्यार के बीज कइसे अँकुरेला
के दी एह प्रश्न के जवाब, ए दोस्त
प्यार खातिर त सच्चा दिल चाहीं
अब उतारऽ तू ई नकाब, ए दोस्त