भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"हो वसन्त! / रमेश नीलकमल" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रमेश नीलकमल |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCat...' के साथ नया पन्ना बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

17:04, 6 सितम्बर 2013 के समय का अवतरण

अँखियन में लउकता बबूल
हो वसन्त!
जनि अइहऽ गाँव का सिवाना पर।
अभिये नू खेत के फसल हरियर
पाला से सहमल झऊँसाइल बा,
भूख, दरद, बेकारी के कारण
गँवन के गति-मति बउराइल बा,
बेधत बा हियरा में शूल
हो वसन्त!
जनि अइहऽ दरद का मुहाना पर।
सच बाटे मौसम ई बचपन के
डेहुंगी के मोहभंग होखत बा,
चन्दन वन में बा उनचास पवन
धूनत बा सिर माली रोबत बा,
डूबे जब लागे मसतूल
हो वसन्त!
तब अइहऽ गाँव का सिवाना पर।