भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

ई मइल कपड़ा अबकी / रवीन्द्रनाथ ठाकुर / सिपाही सिंह ‘श्रीमंत’

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:18, 29 जुलाई 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रवीन्द्रनाथ ठाकुर |अनुवादक=सिपा...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

ई मइल कपड़ा अबकी
उतारे के होई
उतारहीं के होई।
मलिन अलंकार हमरा
छोड़े के होई,
सभई के हमिता
हटावे के होई, हटावहीं के होई।
दिनभर का काम काज से
धूरा-मटी लग गइल ब।
गतर-गतर जहँ-तहँ
दागे-दग जग गइल ब।
गरमी से, तपिस से
अतना अगिया गइल बा
कि सहल कठिन, रहल कठिन
छहपट्टी समा गइल बा।
दिन ढलल, काम-कज सकरल,
उनका आवे के बेरा भइल
प्राण में पियास जागल
प्राण में आस जागल
जल्दी से नहा लीं हम
प्रेम के कपड़ा पहिने के होई
साँझ खानी फूल लोढ़ के
माला गाँथे के होई
अब कहाँ बा बेरा
जल्दी करे के होई
हमरा सुनसान घर में केहूँ आई
एकर आशा के करो?
तहार आनंद भरल भुवन
बाहरे खेला कर रहल बा।
तहरो बुझाला राहे भुला गइल बा
एही से आ-आ के फिर-फिर जतरऽ