भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
हमार चित्त जब तहरे मे लीन होला / रवीन्द्रनाथ ठाकुर / सिपाही सिंह ‘श्रीमंत’
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:23, 10 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रवीन्द्रनाथ ठाकुर |अनुवादक=सिपा...' के साथ नया पन्ना बनाया)
हमार चित्त जब तहरे में लीन होला
तबहीं ऊ स्थिर होला, सत्य होला।
हे सत्य स्वरूप, अइसन सुदिन कब आई
कि हम सत्य-सत्य जप के
आपन सब बुद्धि सत्य के सउँप के
सांसारिक सीमा के लांघ के
तहरा पूर्ण प्रकाश के देख सकब।
तहरा पूर्ण प्रकाश के पा सकब।।
तहरा से दूर होते
हम अपना असत्य में बन्हा जाईले।
तरह-तरह के कुकभेंड करे लगिले।
आपन अहंभाव छोड़ के
जब हम तहरे में लीन हो जाएब
तबही हमार रक्षा होई
तबहीं हम तहरा लेखा सत्य बनब।
तहरा में लीन हो के
हमार मृत्यु कब मरी?