भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

दिन अगर ढल गइल / रवीन्द्रनाथ ठाकुर / सिपाही सिंह ‘श्रीमंत’

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:36, 10 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रवीन्द्रनाथ ठाकुर |अनुवादक=सिपा...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

दिन अगर ढल गइल,
चिरइन के गीत अगर बंद भइल,
थाकल बयार जो थम गइल,
त हमरो के सघन घनघोर अंधकार से
खूब तोप ताप द, जतन से ढाँक द।
जइसे तूं सपना से धरती के ढाकेलऽ
जइसे तूं अलसाइल आँखन के तोपेलऽ
रजनी के शतदल कमलन के ढाँकेलऽ
जेकर राह खर्च बीचे राह में घट गइल बा,
चिंता के रेखा जेकरा चेहरा पर चढ़ गइल बा,
धूरा से लथपथ भेस-भूसा मलिन भइल बा,
बल जेकर अब तक टूटे-फूटे हो गइल ब,
ओकर सब घाव-दर्द करुण से तोप द
नया उषापान करा लाज ओंकर पोंछ द।।