भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
विस्मृति / शिव शंकर सहाय ‘सिद्धार्थ’
Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 09:15, 25 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=शिव शंकर सहाय ‘सिद्धार्थ’ |अनुवा...' के साथ नया पन्ना बनाया)
राउर अंतस् से फूटत सौंदर्य
सदियन से खींचले बा
हमरा मन-प्राण के।
भिनसहरा के उजास
खिलत कुसुम-कली
रक्तिभ कपोलन के आभा
मधुमय मंजरन सम
विस्मृति के दुआर प
दस्तक देले बा बार-बार।
प्राचीरन से बन्हाइल हम
अपने नियति के ना पहिचान पइनीं।
सपनन के सुहावन पाश
हमरा सुकोमल मन के
बन्हलहीं रहे
अतना मजबूती से
कि हम
आपन जागरण के अर्थो भूला गइनी।
राउर हो जाये के अतृप्त लालसा
आ
रउरा में विलीन कर देबे के
चीर पीपासा,
भावना के भँवर में पड़ल
अपना के स्नेह प्राचीरन में
सुरक्षित रख लेबे के
हमार विवशता के
बल देले बा.............