Last modified on 2 सितम्बर 2013, at 15:33

हम रोज निहारीला रहिया / अम्बिकादत्त त्रिपाठी 'व्यास'

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:33, 2 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अम्बिकादत्त त्रिपाठी 'व्यास' |अनु...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

हम रोज निहारीला रहिया हम रोज बहारीला अँगना,
जब-जब भी बयरिया सँसरेले अचके में खनखि जाला कँगना।

तस्वीर बना के हृदया में दुनिया से छिपा रखले बानी,
कब तक ले सँवारीं दर्दे जिगर कब तक ले सँभारीं ई सपना।

कनवाँ के गहनवाँ चुपके से कहि जाला सनेसा आवन के,
मन झन से उठेला झूमि मगर झुकि जाला समझ के भ्रम अपना।

अँसुवन से लिखा करि के पतिया पठईला पवन के पाँखी पर,
अब दरदे बनल बाटे आपन जिनिगी के सुघर सुन्दर सपना।