भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
हाँ रे, केहि जे आनेले शंखडारी / भोजपुरी
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:02, 24 दिसम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अज्ञात |अनुवादक= |संग्रह=थरुहट के ...' के साथ नया पन्ना बनाया)
हाँ रे, केहि जे आनेले शंखडारी, केहि आनेले खजुराट
केहि जे आनेले सुन्नर परबत, मांड़ो दिहले ओठंगाय
सखि री, भला देस चउपारन, बेंतवा के छाजन ए।।१।।
हाँ रे, सहदेव जे आनेले शंखडारी, अरजुन आनेले खजुराट
भीमसेन आनेले सुन्नर परबत, मांड़ो दिहले ओठंगाय
सखि री, भला देस चउपारन, बेंतवा के छाजन ए।।२।।
कि आम, आम, तोरे लाम पात, कि भुंइयाँ सोहरि गइले डाढ़ि
ताहि तर बोलेले कारी कोइलिया, बोलई गहागही सार।
कोइली सबद सुनि मोहे इनराइन, मोही गइले सकल जहान
सखि री, भला देस चउपारन, बेंतवा के छाजन हे।।३।।