भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
हाँ रे, घर-घर घूमेले नउनिया / भोजपुरी
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:33, 24 दिसम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अज्ञात |अनुवादक= |संग्रह=थरुहट के ...' के साथ नया पन्ना बनाया)
हाँ रे, घर-घर घूमेले नउनिया, त बात के जानावेले हे
हाँ रे, चलहू सखीय सब लोग, त मंगल गावे नु हे।।१।।
हाँ रे, झाँझिम दिहले बिछाई नु हे,
हाँ रे, बइठी सखी सब लोग, त मंगल गावेले ए।।२।।
हाँ रे, केहु देहले अँगुठी से मुनरी, त केहु देहले हार नु ए
हाँ रे, केहु देहले रतन झड़ाझड़ी, भरि गइले थारी नु हे।।३।।
हाँ रे, केकई जे दिहली अँगुठी से मुनरी नु ए
सुमितरा जे देहली गले हार, त भरि गइले थारी नु ए।
कोसिला देली रतन झड़झड़ी भरि गइले थारी नु ए।।४।।