Last modified on 31 जनवरी 2014, at 10:59

प्रलय के दिनन में / लक्ष्मीकान्त मुकुल

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 10:59, 31 जनवरी 2014 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=लक्ष्मीकान्त मुकुल |अनुवादक= |संग...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

बाकस रहे ऊ डाकखाना के
जे बनल रहे लोहा के पतरन से
जहवाँ दिन बीतते जात रहीं
चिट्ठी पेठवे तोहरा नाँव

आँधियन के पेवन से
फार ले आवत रहीं कागत के कवनो पन्ना
धूपा से माँग ले आवत रहीं
चमचमात रहत पिनसिन
आ सुनसान रेत में बइठ के
प्रलय के दिनन में
कुछ लिखत खानी गढ़त रहत रहीं
सुघर कवितन के

जरा मल देले होखे
कवनो शाम तोहरा के ऊ लोग
हमरा चिट्ठीयन लेखा!