भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

आपन दिन कइसे बिताईं / विनय राय ‘बबुरंग’

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:08, 1 फ़रवरी 2015 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=विनय राय ‘बबुरंग’ |अनुवादक= |संग्...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

रउवा ई बतलाई
कि हम आपन गांव में
दिन बिताईं त कइसे बिताईं?
दयादन क मत पूछीं हाल
ई अइसन कइले बानऽ बेहाल
जे बुडुवा अस
पानी में हमार गोड़ खीचें
आ धोबी अस हमरा के
घाट पर फीचें।
बाह रे दयाद बाह!
दयाद केहू होखे
त अइसने दयाद होखे
खाली उनका बिरादरी क
वोट से मतलब होखे
फिर मतलब निकल गइला क बाद
केहू से मतलब ना होखे।
हाय! हाय रे! बिरादरीबाद
ई सभके क देई बरबाद
अइसन बिरादर सातो जनम लिहला पर
केहू के भुलइलो न मिला
ऐ भाई
त रउवा ई बतलाईं कि
गांव में आपन दिन
बिताईं त कइसे बिताईं?