Last modified on 4 अगस्त 2018, at 18:42

फँसि गइलऽ तू / रामरक्षा मिश्र विमल

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 18:42, 4 अगस्त 2018 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामरक्षा मिश्र विमल |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

जोन्ही जइसन दमकत छूँछी
साँवर भरल पुरल चेहरा पर
मुसकी लहरे
मन डूबे उतराए
बबुआ फँसि गइलऽ तू।

नीसन्ह पाँव
परे धरती पर
ढलके मन
हलुक बरन के साडी में जब
झलके तन
आँतर गहरे
मदन मृदंग बजावे
बबुआ फँसि गइलऽ तू।

लामी केश खुले जब सनके
शीत पवन
ईंगूरी ओठन पर पँवरे
जब जोबन
नीनि निखहरे
सपना में अझुरावे
बबुआ फँसि गइलऽ तू।

मातल अँखियन में अब
शोखी अङड़ाले
नेहिया के गोदी अब
प्रीतम बइठा ले
अँखिया मिलते
जब आँचर सझुरावे
बबुआ फँसि गइलऽ तू।