Last modified on 3 मार्च 2019, at 12:45

मन के भुलाएल अरथ / रामकृष्ण

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 12:45, 3 मार्च 2019 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

आस के पाँख में, पाँख के साँस में
कउन सुर बन समाएल रहल अनकल
गीत के बंद में, बंद के छंद में
बाँसुरी के बजाबित रहल अनबजल
कउन असरे सँजोगल सपन के भरम
कउन बूझे मिझाएल इ जी के मरम,
राह अजगुत के भर आँख अनदेख में
ले समुन्नर हकासल पिआसल रहल।
एकतारा निअन बन बेचारा निअन
प्रान जोगे लहर चुप किनारा निअन,
सीत में, घाम में, भोर में, साँझ में
मन उपासल रहल आझ तक अनसहल॥