भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
अब सहात नइखे / हरेश्वर राय
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:27, 12 मार्च 2019 का अवतरण
हमरा का हो गइल बा बुझात नइखे
हीत गीत मीत कुछुओ सोहात नइखे I
हम त दउरत रहिला फिफिहिया बनल
हमरा जतरा के रहियो ओरात नइखे I
हमके पल-छिन भी बड़का पहाड़ लागेला
हाय ! रात रछछिनिया कटात नइखे I
मोहे बिस्तर प लागे कवाछ बिछल बा
हमसे करवट के बदलल रोकात नइखे I
दिल में अतना दरद बा कि का हम कहीं
कवनों बएदा बोला दीं इ सहात नइखे I