भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

हिया हमार तार-तार हो गइल / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:50, 29 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> हिया हमार तार-तार हो ग…)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

KKGlobal}}


हिया हमार तार-तार हो गइल
बेकार में ही आँख चार हो गइल

नजर नजर के आर-पार हो गइल
त तेज शायरी के धार हो गइल

मना कइल गइल जे काम, मत करऽ
उहे त काम बार-बार हो गइल

हिया हिया से ए तरे मिलल कि अब
उहे हमार घर-दुआर हो गइल

तहार साथ छूटते ई का भइल
धुँआ-धुँआ उठल, अन्हार हो गइल

ऊ बेवफा कहीं ना चैन पा सके
जे चैन लूट के फरार हो गइल