भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बात खुल के कहीं, भइल बा का ? / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:16, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> बात खुल के कहीं, भइल ब…)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज


बात खुल के कहीं, भइल बा का ?
प्यार के रंग चढ़ गइल बा का ?

रंग चेहरा के बा उड़ल काहें ?
चोर मन के धरा गइल बा का ?

हम त हर घात के भुला गइलीं
रउरा मन में अभी मइल बा का ?

आईं अबहूँ रहे के मिल-जुल के
जिन्दगी में अउर धइल बा का ?