भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
आदर के आसन, आराम के सेज / रवीन्द्रनाथ ठाकुर / सिपाही सिंह ‘श्रीमंत’
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 19:30, 8 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रवीन्द्रनाथ ठाकुर |अनुवादक=सिपा...' के साथ नया पन्ना बनाया)
आदर के आसन, आराम के सेज,
तोरा खातिर नइखे, छोड़ दे लोभ
सब छोड़ के मगन मने आगे बढ़
पथ पर बाहर जल्दी निकल।
चल भाई चल, सभे एक साथ चल,
एक साथ बाहर निकल।
जे हरदम अपमानित भइल बा
आज ओकरे घरे चल।
निंदा मिले त गहना बना के पेन्ह ले
काँट मिले त कंठहार बना ले
अपमान मिले त माथ झुका के ले ले।
दीन-दुखी के घर जहँ बा
उहईं के माटी पर माथा टेक दे।
त्याग के खाली बरतन ले के
आज आनंद रस से भर ले।