भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"छनो भर खातिर / लक्ष्मीकान्त मुकुल" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=लक्ष्मीकान्त मुकुल |अनुवादक= |संग...' के साथ नया पन्ना बनाया)
(कोई अंतर नहीं)

10:48, 31 जनवरी 2014 का अवतरण

उनुका लगे ना रहे कौनो टाट के मड़ई आ फूंस-मूंजन के खोंता

ऊ चिरई ना रहन भा कौनो फेंड़-रूख हरवाहीं से लौटत ऊ एगो मजूर रहन

भसभसा के गिरेला जइसे पुअरा के छान्हि धमका भइला से ओही तरी लूढ़ेरा गइल रहन ऊ पोखरा के पिंड़ी पर

ओह ! छनो भर खातिर ऊखी में के लुकाइल दनवा-दूत बन के देले रहीत आपन बनूक कुछऊ बन गइल रहितन ऊ आन्ही-बुनी भा खर-पतवार तनीको देरि खातिर बुला हो गइल रहीत मुँहलुकान