भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"छनो भर खातिर / लक्ष्मीकान्त मुकुल" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
					
										
					
					Sharda suman  (चर्चा | योगदान)  | 
				Sharda suman  (चर्चा | योगदान)   | 
				||
| पंक्ति 7: | पंक्ति 7: | ||
{{KKCatKavita}}  | {{KKCatKavita}}  | ||
{{KKCatBhojpuriRachna}}  | {{KKCatBhojpuriRachna}}  | ||
| − | <  | + | <poem>  | 
उनुका लगे ना रहे  | उनुका लगे ना रहे  | ||
कौनो टाट के मड़ई  | कौनो टाट के मड़ई  | ||
10:50, 31 जनवरी 2014 के समय का अवतरण
उनुका लगे ना रहे
कौनो टाट के मड़ई
आ फूंस-मूंजन के खोंता
ऊ चिरई ना रहन 
भा कौनो फेंड़-रूख
हरवाहीं से लौटत ऊ एगो मजूर रहन
भसभसा के गिरेला
जइसे पुअरा के छान्हि
धमका भइला से ओही तरी
लूढ़ेरा गइल रहन ऊ
पोखरा के पिंड़ी पर 
ओह ! छनो भर खातिर
ऊखी में के लुकाइल दनवा-दूत
बन के देले रहीत आपन बनूक
कुछऊ बन गइल रहितन ऊ
आन्ही-बुनी भा खर-पतवार
तनीको देरि खातिर 
बुला हो गइल रहीत मुँहलुकान
	
	